भारत के बिधनवा
भोजपुरी निर्गुण_, भारत के बिधनवा।
रची रची लिखले सविंधनवा बाबा बनवले भारत के विधनवा।
सुना मोर भईया हो,
भीम के नमवा जगवा गावेला ये राम।
जे भी रहले दलित शोषित उनके कईले बाबा पोषित।
सुना मोर भईया हो।
छुआ छूत छोड़ी लोगवा सम्मनवा पावेला ये राम।
पढ़े के मौका मिलल सबके अब नौकरी मिलल।
सुना मोर भईया हो,
भेदभाव के बंधन मुक्ति बड़ा भावेला ये राम।
आरक्षण के फायदा मिलल दलितन के मुंहवा खिलल।
सुना मोर भइया हो,
लिखी लिखी गितिया भारती सबके पढ़ावेला ये राम ।
सुना मोर भईया हो।
गीतकार
श्याम कुंवर भारती
बोकारो, झारखंड
मोब.९९५५५०९२८६
Shashank मणि Yadava 'सनम'
06-Dec-2023 09:50 PM
खूबसूरत भाव
Reply
Gunjan Kamal
05-Dec-2023 11:42 PM
👌👏
Reply